Piyari Pahir La – पियरी पहिर लs (Pawan Singh) Lyrics

Piyari Pahir La – ियरी पहिर लs (Pawan Singh) Lyrics

SongPiyari Pahir La
FeaturingPawan Singh & Shweta Jha
SingerPawan Singh & Shivani Singh
LyricsVinay Bihari
MusicPriyanshu Singh
Copyright LabelMaa Amma Films Bhakti

Piyari Pahir La (Hindi)

बोलs बोलs छठी मईया की जय !
बोलs बोलs सुरुज देवता की जय !
जय जय छठी मईया सुरुज गोसईया !
जय जय छठी मईया सुरुज गोसईया !

भरल बा दउरवा में केला नरियलवा
हो सुनरे सुनरे
सुनरे सुनरे !
सेव संतरवा अनार जल फलवा
हो सुनरे सुनरे
सुनs !
सीपुली सजा दs धनि चुनरी ओढ़ा दs तनी
दउरा के ऊपर जरा दs दिया
घाटे बोलावतानी सुरुज गोसईया
जल्दी पियरी पहिर लs ऐ हो पिया
जल्दी पियरी पहिर लs ऐ हो पिया
जल्दी पियरी पहिर लs

छठी माई के कृपा हमरा ऊपर झरता
भक्ति में मनवा माई के जय जय करता
तs सड़िया पहिरनी निमने निमने
टिकुलिया सटनी निमने निमने
कईले तू बाड़ू बरत रहीहs जुग जुग ले करत
बिहसत हमनी के रही जिया
देरी होई तs कईसे अरघ दियाई
जल्दी पियरी पहिर लs ऐ हो पिया
जल्दी पियरी पहिर लs ऐ हो पिया
जल्दी पियरी पहिर लs

लउकता ना बबुआ बोलs गईल बा कहाँ
आ कोशिया के ऊँखिया कलशा धईल बा कहाँ
बोलs !
सुनs !
दादी बबुआ संगे संगे
गईली घटवा संगे संगे
अच्छा !
विनय बिहारी पवन सूरज डूबे रे गगन
माई के बिलईया बोलावत बिया
होखता देरी नाही दर्शन हो पाई
जल्दी पियरी पहिर लs ऐ हो पिया
जल्दी पियरी पहिर लs ऐ हो पिया
जल्दी पियरी पहिर लs

Piyari Pahir La – पियरी पहिर लs (Pawan Singh) Lyrics

Leave a Comment