Koshiya Bharaye Lagal – कोशिया भराये लागल (Neelkamal Singh) Lyrics

Koshiya Bharaye Lagal – कोशिया भराये लागल (Neelkamal Singh) Lyrics

SongKoshiya Bharaye Lagal
FeaturingNeelkamal Singh & Shristhi Uttarakhandi
SingerNeelkamal Singh & Priyanka Singh
LyricsAshutosh Tiwari
MusicPriyanshu Singh
Copyright LabelWave Music

Koshiya Bharaye Lagal (Hindi)

देर होता देर होता देर होता जी
दउरा उठाई गधबेर होता जी
ऐ जी !
देर होता देर होता देर होता जी
दउरा उठाई गधबेर होता जी
सगरो छठी माई के गितिया सुनाये लागल
बेदिया लिाये लागल चननी तनाये लागल
कोशिया भराये लागल
अरे कोशिया भराये लागल

फलवा धोवाई के सूपवा सजाई लs
हाली हाली पहिरs पियरिया
कलशा उठाई लs जलवा भराई लs
बारी लs तू घीव के दियरिया
हम तs कबहि से जी कही चलही के जी
सभे दउरा उठाई घाटे जाये लागल
बेदिया लिपाये लागल चननी तनाये लागल
कोशिया भराये लागल
अरे कोशिया भराये लागल

गंगा जी के तिरवा भईल बाटे भिड़वा
जुटल बाड़ी बरती तिवईया
करी हथजोरिया पुरुबे के ओरिया
कब अईहे आदित गोसईया
लेके लाली हे देव आई हाली हे देव
तs देखs सुरुज देव के अरघ दियाए लागल
बेदिया लिपाये लागल चननी तनाये लागल
कोशिया भराये लागल
अरे कोशिया भराये लागल

Koshiya Bharaye Lagal – कोशिया भराये लागल (Neelkamal Singh) Lyrics

Leave a Comment